This page is a translated version of the page Mission and the translation is 100% complete.

विकिमीडिया फाउंडेशन के मिशन स्टेटमेंट में हमनी के वर्तमान गतिविधि आ उद्देश्य, हमनी के प्रोजेक्ट सभ के दायरा आ हमनी के मूल मूल्य सभ के वर्णन कइल गइल बा। ई vision statement के बिपरीत खड़ा बा। हमनी के मिशन स्टेटमेंट, निगम के अनुच्छेद में छोट संस्करण के विस्तार से बतावल गइल बा आ अप्रैल २००७ में एगो बोर्ड संकल्प द्वारा मंजूर कइल गइल बा, ई बा:

विकिमीडिया फाउंडेशन के मिशन दुनिया भर के लोग के free license के तहत या पब्लिक डोमेन में शैक्षिक सामग्री एकट्ठा करे आ बिकसित करे खातिर सशक्त बनावल आ संलग्न कइल बा, आ एकरा के कारगर आ वैश्विक स्तर पर प्रसारित कइल बा।

अलग-अलग स्वयंसेवकन के नेटवर्क आ हमनी के स्वतंत्र आंदोलन संगठन के समन्वय में, जवना में मान्यता प्राप्त अध्याय, विषयगत संगठन, उपयोगकर्ता समूह शामिल बा।, आ साझेदार लोग, फाउंडेशन बहुभाषी विकी परियोजना आ अउरी कोसिस सभ के समर्थन आ बिकास खातिर जरूरी बुनियादी ढांचा आ संगठनात्मक रूपरेखा उपलब्ध करावे ला जे एह मिशन के सेवा करे लें। फाउंडेशन अपना प्रोजेक्ट सभ से उपयोगी जानकारी इंटरनेट पर निःशुल्क, हमेशा खातिर उपलब्ध करावे ला आ रखे ला।

बयान के वाक्यांश बदले के प्रस्ताव Mission/Unstable पर होखे के चाहीं आ प्रस्ताव के समीक्षा कम से कम सालाना (हर साल) कइल जाई।

हमनी के उपनियम, दृष्टि, आ मान भी देखल जाय।